हर पल सिखावेले ई जिनिगी, कहेली अक्षरा सिंह

by | May 17, 2013 | 0 comments

Khesari-Aksharaअक्षरा सिंह आजु सिनेमा भोजपुरी के अइसन अभिनेत्री हई जिनकर दर्शक हर जगहा बाड़ें, भोजपुरिया आ गैर भोजपुरिया दुनु तरह के. अक्षरा के अभिनय के चरचा सुन के लोग सिनेमाघर ले खिंचाइल चलल जाला. पिछला दिने “ए बलमा बिहारवाला” फिलिम सेट पर अक्षरा सिंह से बात करे के मौका मिलल त उनुका से बतिया के बहुते नीक लागल. पेश बा ओही बातचीत के कुछ हिस्सा –

आपके करियर क शुरुआत कब, कइसे आ कवना फिलिम से शुरू भइल ?
पापा के ख़ुशी आ मम्मी के अरमान मिलल त हम अपना करियर के कमान धइनी. साल 2011 के बात ह जब फिलिम “सत्य मेव जयते” के डायरेक्टर बबलू सोनी आ निर्माता अनिल सिंह जी हमरा के रवि किशन जी के हिरोइन बनाके हमरा के प्यारे प्यारे से रूबरू करा दिहलें.

एह पहिला फिलिम से का अनुभव मिलल आपके ?
अभिनय के दुनिया कबो पूरा ना होखे वाला दुनिया ह जहाँ कबो संतुष्टि ना मिल पावे. अभिनय के दुनिया कलाकार के हमेशा अउर बढ़िया अभिनय करे ला प्रोत्साहित करत रहेले. हमरा डेग धरते बड़का-बड़का स्टारन संगे बड़की बड़की फिलिम करे के मिलल, प्रोड्यूसरन से पइसा मिलल, डायरेक्टरन से गुन आ तकनीशियन साथे हम गा दिहनी,”सुन साहिबा सुन, ये है प्यार की धुन.” कमाल के दुनिया ह अभिनय के.

आप हाल के सगरी सुपर स्टारन संगे फिलिम कर चुकल बानी आ करत बानी. का का सीखे मिलल एह सुपर स्टारन से ?
सीखे के त हर पल समाज, लोग, परिवेश, माहौल, हालात, परिस्थिति सिखावते रहेले. वइसे हम अभिनय से जुड़ल आयाम सीखिए के फ़िल्मी दुनिया में डेग धइनी. रंगमंच कइनी, कथक में डिप्लोमा लिहनी, वेस्टर्न भा मॉडर्न डांस सीखनी, गायकी सीखनी, वेशभूषा, रूपसज्जा, ड्राइविंग, स्विमिंग, मतलब हम आपन पुरा तइयारी कइए के फिल्म जगत में कदम रखनी. अब हर आदमी के सोच अलग होला, हमनी के स्टारो लोग अलग अलग स्टाइल में माहिर ह. हम ओह लोग के ताल से ताल मिलवनी आ काम शुरू कइनी. चाहे ऊ दिनेश लाल यादव जी होखीं, खेसारी लाल जी होखीं, पवन सिंह जी होखीं, भा रवि किशन जी होखीं. हर पल सिखावेले ई जिनिगी.

“दिलेर” के चरचा आजु हर तरफ बा. आप के कहना का बा ?
दिलेर का बारे में इहे कहब कि हमनी के प्रोड्यूसर्स, डायरेक्टर्स, तकनिशियंस सभे ई फिलिम जरूर देखे. दर्शकन के अथाह प्यार मिलत बा आ खूब चलत बिया ई फिलिम. जबरदस्त फिलिम बावे दिलेर. फाईट, कोरियोग्राफी, कैमरा, तकनीक, गाना, अभिनय सबकुछ बेमिसाल बा एह फिलिम में. जनाब हमरा कहला पर मत जाईं, आपन अकल लगाईं आ ई फिलिम देखीं. फेर हमरा के बताईं कि हमरा बात में कतना दम बा.

आपके फिलिम “प्रतिघात” रिलीज होखे वाला बा, का कहब दर्शकन से ?
“प्रतिघात” नारी सशक्तिकरण के मिसाल वाली फिलिम ह, टीम के सगरी लोग गुनीजन डायरेक्टर आनंद गहतराज जी के कमाल, लेकिन प्रोड्यूसर नीरज यादव जी त कर दिहनी बवाल. रक्षके बन गइल भक्षक एह फिलिम में. कमाल के कहानी लिखले बानी मनोज पाण्डेय जी. दर्शक एह फिलिम के देखसु आ हमरा टीम के सगरी गुनीजन के आपन आशीर्वाद देसु.

अपना आवे वाली फिलिमन क बारे में कुछ ?
“प्रतिघात”, “प्रतिज्ञा-२”, “ये बलमा बिहार वाला”, आ “प्यार झुकता नहीं” आवे वाली बाड़ी सँ. “ए बलमा बिहार वाला” में खेसारी लाल संगे बानी. देखब त कहब कि “वाह”. ई फिलिम अगस्त में रिलीज होखी. हम हर तरह के किरदार पूरा लगन से निभवले बानी जवना के दर्शको पसंद कइले बाड़ें. बिहार गइला पर अथाह जनसमूह के जवन प्यार हमरा मिलेला तवना कि कबो ना भुला पाईं, ना भुलाइब.

दर्शकन ला कवनो सन्देश ?
“मेरा वजूद तुमसे है, मन भी तुम, जान भी तुम, तुमसे है औकात, हजारो बातों में कहना है एक बात, तेरे दम से ही दम है, न छोड़ना मेरा साथ.”
हमार फिलिम देखिं सभे आ आपन नेह बरखावत रही जा. हम हर वक्त कोशिश करब कि कवनो ना कवनो नया किरदार में आप सभके स्वस्थ मनोरंजन करत रहीं. ………आई लव यू ऑल !


(भोजवुड न्यूज)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up