होली के ओह गलती खातिर माफी मँगीहन मनोज तिवारी

by | Mar 8, 2012 | 0 comments

सिनेमा भोजपुरी के मेगा स्टार मनोज तिवारी के मन में आजुओ होली लेके रंग गुलाल खूबे उड़ेला. मनोज तिवारी बिहार के भभुआ में अपना गांव अतरवलिया में समहुत जरे का दिने आ फगुआ का दिने खूब शरारत करत रहलन. बतावेले कि समहुत में लोग के टूटल खटिया, चउकी, कुरसी ले उठा के जरत होलिका में फेंक दहल करसु. अब ढेर दिन पहिले कइल एह ज्यादतियन खातिर उनुका मन में पछतावा होखत बा आ ऊ अपना ओहज गलतियन खातिर अबकी का होली में गाँवे जा के ओह लोग से माफी मँगीहे.

मनोज तिवारी कहलन कि हालांकि एह काम खातिर बाकायदा एगो टीम रहत रहुवे आ सभे आपन आपन काम करत रहुवे. बाकिर टीम के सरदार उहे रहत रहलन. चूंकि समहुत में फेंकल सामान निकालल ना जाव से एही बात के फायदा उठावत रहे उनुकर टीम आ लोग के गोइंठा, पुअरा, छान्ह, खतिया जवने पर हाथ लाग जाव उठा लेत रहे. लोग गरिया के रहि जाव. बाद में मनोज खुद ओह लोग का लगे जासु आ कहसु कि का कइल जाव लइका सब बदतमीज हो गइल बाड़े. छोड़ीं अब खिसियइला के का फायदा? लोग मनोज के बात मान जात रहुवे काहे कि लोग उनुका के “शरीफ” समुझत रहुवे. अब ओहीके माफी मँगीहन मनोज तिवारी.


(शशिकांत सिंह के रपट से)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up