निर्माता दीपक सावंत आ निर्देशक अभिषेक चड्ढ़ा के फिलिम ‘गंगा देवी‘ १४ सितम्बर से सगरी हिन्दुस्तान में एके साथ रिलीज कइल जाई. दक्षणा फिल्म्स के बैनर तले बनल एह फिलिम ला दर्शक ढेरे दिन से तिकवत बाड़ें. एहमें बिग बी आ जया बच्चन के अलावा दिनेशलाल यादव ‘निरहुआ’, पाखी हेगड़े, गिरीश शर्मा, अवधेश मिश्रा अउर विनय बिहारी मौजूद बाड़ें. साथही एही फिलिम से गुलशन ग्रोवरो पहिला बेर भोजपुरी दर्शकन के सोझा होखीहें.
फिल्म निर्माण बेशक एगो कला ह, लेकिन निर्माता दीपक सावंत हमेशा से सामाजिक सरोकारन से प्रेरणा ले के फिलिम बनावत आइल बाड़ें. इहे वजह बा कि मराठी भाषी होखला का बावजूद ऊ समाज के ओह तबका के अपना फिलिम के केंद्र में रखलन जहँवा सामाजिक बदलाव के सबले अधिका ज़रूरत बुझाला.
‘गंगा’ आ ‘गंगोत्री’ बना चुकल दीपक सावंत के अगिला भोजपुरी फिल्म हवे ‘गंगादेवी’. एह फिलिम का कहानी में महिला आरक्षण के मुद्दा केन्द्र में बा. आरक्षण का बावजूद औरतन के हैसियत जस के तस बा आ आजुवो उनुका आपन वाजिब हक हासिल नइखे. निर्माता दीपक सावंत आ निर्देशक अभिषेक चड्ढ़ा ‘गंगादेवी’ के जरिए महिला आरक्षण राजनीति पर कड़ा चोट मरले बाड़ेंॆ सिनेमा भोजपुरी के मौजूदा चलन से अलगा हटके बनल एह उद्देश्य प्रधान फिल्म में कहानी आ किरदारन के बेहतरीन तरीका से पेश कइल गइल बा.
(संजयभूषण पटियाला के रपट)
0 Comments