भोजपुरिया परदा पर 19 नवम्बर से जबरदस्त आंधी तूफ़ान आवे वाला बा आ ले अइहें पवन सिंह अउर विराज भट्ट.
अनूप धवन आ अमन कुमार के प्रस्तुति, माँ काली मूविज के बैनर तले बनल फिलिम “आंधी तूफ़ान” के निर्माता हउवन मनोहर कुमार आ निर्देशक रवि भूषण. रविभूषण एहसे पहिले पवन सिंह के साथ गुंडई राज आ डकैत जइसन सफल फिलिम दे चुकल बाड़न. एह फिलिम से रविभूषण आ पवन सिंह के हैट्रिक लागत बा.
गुंडई राज आ डकैते का तरह आंधी तूफ़ान फिलिमो एक्शन आ इमोशन भरल होखी. एक्शन के तड़का लगइहें एक्शन स्टार विराज भट्ट. पवन सिंह आ विराज भट्ट एक दर्जन एक्शन सीन एह फिलिम के खासियत रही, दोसर खासियत होखी हॉट केक अंजना सिंह के दमदार मौजूदगी जे विराज भट्ट संगे रोमांस त करबे करीहें एक्शनो में दू दू हाथ करत लउकीहें. डकैत में अपना अदाकारी से दर्शकन के दिल जीते वाली चांदनी चोपड़ा फेरू पवन सिंह संगे नजर अइहें. साथही जया सिंह आ माया यादव के भूमिको दमदार बा, अउरीओ खास कलाकारन में बृजेश त्रिपाठी, अवधेश मिश्र, मनोज टायगर, आनंद मोहन, सोम भूषण, गोपाल राय, संजय वर्मा, आ आयटम गर्ल सपना बाड़ी.
संगीतकार मधुकर आनंद, गीतकार बिनय बिहारी, आर.आर.पंकज, कृष्ण बेदर्दी, पप्पू ओझा, आ गोविन्द विद्यार्थी, कैमरामेन रवि चन्द्रन, आ एडिटर नकुल प्रसाद हउवें.
सिनेमा भोजपुरी के एह बहुचर्चित फिलिम के सभे बेकरारी से तिकवत बा.
(उदय भगत)