Anjali Shrivastav -10अंजली श्रीवास्तव अभिनीत भोजपुरी फ़िलिम “कच्चे धागे” पिछला 10 जनवरी से बिहार के 72 गो सिनेमा घरन मे देखावल जात बा.

फिलिम के नायक बाड़े सुपरस्टार आ मशहूर गायक खेसारी लाल यादव.

एह फिलिम मे अंजली श्रीवास्तव के अभिनय के बहुते सराहल जात बा. उनुकर खूबसूरती, अदा, नाच आ अभिनय सब कुछ के लोग तारीफ करत बा.

एकर निर्माता अनिल कुशवाहा आ निर्देशक मंजुल ठाकुर हउवन. मुख्य कलाकारन मे खेसारी लाल यादव, स्मृति सिन्हा, मनोज टाईगर, गोपाल राय, प्रेम दूबे, किरण यादव, रतनेश बरनवाल आ संजय पाण्डेय शामिल बाड़े.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

Loading

By Editor

%d bloggers like this: