भोजपुरी फिलिम देखे वालन के दिल के धड़कन पाखी हेगड़े के पिछला दिने नवी मुम्बई में आयोजित अंतर्राष्ट्रीय फिल्म समारोह 2014 में उनकर पहिला मराठी फिल्म ‘सत्नागत’ में उनकर शानदार आ यादगार अभिनय खातिर ज्युरी के सर्वश्रेष्ठ अभिनेत्री के पुरस्कार से नवाजल गइल,
पाखी सत्नागत में अइसन मेहरारू के किरदार कइले बाड़ी जेकर खुबसुरतिए ओकर दुश्मन बन गइल बा.
पुरस्कार पवला से उत्साहित पाखी कहली कि अइसन सम्मान से अउरी बढ़िया काम करे के प्रेरणा मिलेला. पाखी के मिलल पुरस्कार तय करे वाली ज्यूरी में ऑस्कर अवार्ड विनिंग फिल्म ‘नो मेन्स लैन्ड’ के फ्रेंच वितरक मार्क बास्केट, अभिनेत्री रोहणी हत्तंगड़ी आ अभिनेता राकेश बेदी शामिल रहलें.
(प्रशांत निशांत)
191 total views, 2 views today