भोजपुरी किंग दिनेश लाल यादव निरहुआ आ जूनियर निरहुआ प्रवेशलाल यादव पाखी अभिनीत मल्टीस्टारर फिल्म आज के करण अर्जुन अब बिहार झारखण्ड के थियेटर में दस्तक देबे खातिर तइयार बा. कैपिटल फिल्म्स आ यशी फिल्म्स के संयुक्त प्रस्तुति एह फिल्म में दू गो भाईयन का उपर भइल अत्याचार आ क्रूरता के बदला लेबे के कहानी बा. मशहूर निर्माता जोड़ी भोजपुरी के अभय सिन्हा आ हिन्दी के टीपी अग्रवाल के बनावल एह फिल्म के निर्देशन हैरी फर्नाण्डिज कइले बाड़न.
आज के करण अर्जुन कहानी ह शकुंतला देवी नीलिमा सिंह आ रामजी किरण कुमार के परिवार के. सुल्तानपुर के किसान रामजी सिंह आ उनका सात साल के बेटा के मौत रेलवे क्रासिंग पर ट्रेन एक्सीडेंट में हो जाता. बाकिर सच्चाई त ई बा कि गाँव के जमींदार आ ओकर मुनीम मिल के रामजी सिंह के हत्या करत बाड़े आ ओकरा के दुर्घटना के रुप दे दिहल जात बा. ई राज ओह घरी ले बनल रहत बा जब रामजी के दूसरका बेटा अर्जुन प्रवेशलाल शहर नइखे चल जात. ऊ शहर में पढ़ाई करत बा आ ओहिजे ओकर मुलाकात कालेजे के एगो दोसर छात्र विजय दिनेशलाल से होत बा. विजय सुनीता पाखी से प्यार करत बा बाकिर सुनीता के घरवालन के ई रिश्ता पसन्द नइखे. अर्जुन के प्यार चंदा कृशा से चलत बा जे एगो वकील के बेटी हिय. अर्जुन आ चंदा मिल के विजय आ सुनीता के मिलवावे में मदद करत बाड़े. एही बीचे एक दिन अइसन अनहोनी होत बा कि दुनु अर्जुन आ विजय खून का रिश्ता में बँध जात बाड़े.
आखिर विजय के हऽ? करण से ओकर का संबंध? अर्जुन के भाई करण आ पिता के मौत के राज का हऽ? का अभागी शकुंतला के ओकर दुनु बेटा मिलत बाड़े? फेर जमींदार के अंत कइसे होत बा? एह सब सवालन के जवाब रउरा सिनेमे हाल में जा के मिली.
देखेवालन के फिल्म में जहाँ दिनेश पाखी आ प्रवेश कृशा के रोमांटिक जोड़ी देखे के मिली ओहिजे दिनेश प्रवेश के हैरत अंगेज सीन आ कमाल के मारधाड़ो देखे के मिली. पिता के भूमिका में किरण कुमार आ महतारी का भूमिका में नीलिमा सिंह मजगर भूमिका निबहले बा लोग. खलनायक जमींदार का भूमिका में टीनू वर्मा के क्रूर रुप देखे के मिली. बाकी कलाकारन में गूफी पेंटल, अनूप अरोड़ा, सूर्या, पुष्पा वर्मा, सुदेश कौल, छाया वर्मा, दीपक सिन्हा, मास्टर आदित्य सिंन्हा, मास्टर अलन फर्नाण्डिज, आ सीमा सिंह बावे लोग.
(स्रोत : प्रशान्त निशान्त)
240 total views, 2 views today