ना ना सीमा कवनो राजनीतिक गोल नइखी ज्वायन कइले ना ही उनुका कवनो दिक्कत परेशानी बा जेकरा चलते उनका अनशन करे के पड़त बा.
असल में सीमा सिंह के नयकी फिलिम के नामे ह “अनशन एक क्रांति”. एकर निर्माता हई सुनीता राय.
एह फिलिम का बारे में सीमा सिंह के कहना बा कि ई कुछ अलगे तरह के फिलिम होखी. एहमें सुनीत राव, प्रियरंजन, अउर अजय यादव मुख्य भुमिका में बाड़ें. आ सबले खास ई कि सीमा सिंह अनशन करत ना लउकीहें आयटम करत जरूर नजर अइहें.
(शशिकांत सिंह, रंजन सिंहा)