भोजपुरी सिनेमा का परदा पर निर्माता से अभिनेता बने जा रहल अनिल सम्राट फिल्म दरार में एगो रोमांटिक नायक के भूमिका कर रहल बाड़े. उनका साथ उनका नायिका का रुप में बाड़ी खूबसूरत अदाकारा सोनाली जोशी. दर्शक अनिल सम्राट के रोमांटिक अंदाज बहुते पसन्द करीहें. खास कर के युवा वर्ग के ई फिल्म आकर्षित करी.
दरार में अनिल सम्राट आ सोनाली जोशी पर कइ गो रोमांटिक सीन का साथे गानो फिल्मावल गइल बा. भोजपुरी सिनेमा में प्रतिज्ञा आ दे द पिरितिया उधार जइसन ब्लाक बस्टर फिल्म दे चुकल अनिल सम्राट अब दर्शकन का बीच आपन किस्मत आजमावे जा रहल बाड़े. अजीत श्रीवास्तव का निर्देशन में तइयार एह फिल्म के अधिकातर शूटिंग पूरा हो चुकल बा. आशा कइल जा रहल बा कि जल्दिये ई फिल्म सिनेमाघरन में देखावल जाई.
(स्रोत : प्रशान्त निशान्त)
318 total views, 2 views today