अनेका सफल भोजपुरी फिलिमन में अपना खल भूमिका से चर्चित अभिनेता बिपिन सिंह अब पूरा से खलनायिकीए ला समर्पित हो गइल बाड़न. बतौर खलनायक बिपिन सिंह हाल ही में “चरणों की सौगंध” आ “जय माँ मैहर वाली” पूरवलें आ “बेनाम बादशाह”, “ठोक देब”, अउर “महारानी” साइन कइले बाड़न.
पिछला साल के चर्चित आ सफल फिलिम “फूल बनल अंगार” अउर “कालिया” से खलनायिकी के परदा पर उभर के आइल बिपिन सिंह अब भोजपुरी के सगरी बड़का निर्माता-निर्देशकन संगे काम करत बाड़ें. मकसद बस एके बा कि अपना खलनायिकी से दर्शकन का दिल पर राज करसु.
(भोजवुड न्यूज)
0 Comments