आइटम क्वीन सपना

sapna-semiहिंदी, मराठी, गुजराती समेत कईएक भाषा के फिलिमन में आपन जलवा देखा चुकल सपना आजुकाल्ह सिनेमा भोजपुरी के गरम लिट्टी बनल बाड़ी. सपना के लटका झटका भोजपुरिया दर्शकन के अतना पसंद आइल बा कि अब हर निर्माता निर्देशक सपना के अपना फिलिमन में राखे ला बेताब नजर आवत बाड़े. खूनी दंगल, प्राण जाये पर वचन ना जाए, अउर आंधी-तूफान जइसन फिलिमन में सपना के डांस भोजपुरी आइटम डांस के चटक सवाद दिहले बा. चुलबुल गानन पर सपना के लचक के खुमार एह घरी भोजपुरिया दर्शकन पर खूबे चढ़ल बा.

सपना के कहना बा कि भोजपुरी के आइटम डांस पर फूहड़पन के हमेशा आरोप लागत रहेला बाकिर उनकर डांस में शारीरिक कम, हाव-भाव के प्रदर्शन बेसी होला. एह आधार पर अपना डांस के सपना फूहड़ ना मानसु. कहेली कि आइटम डांस हमेशा से फिलिमन के हिस्सा रहल बा. अलग बात बा कि बाद में एकरा के फूहड़ मजाक बनाके राख दिहल गइल बा.

सपना एह घरी सिनेमा भोजपुरी का साथही हिंदी अउर गुजरातीओ सिनेमा में बिजी बाड़ी.


(स्पेस क्रिएटिव)

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up