Betaab-posterफिलिम “बेताब” के पहिला झलक पिछला दिने जारी भइल आ एह झलक के देखेवाला सभे मानत बा कि फिलिम बहुते मेहनत से बनावल गइल बा.

सुपर स्टार खेसारी लाल यादव आ अक्षरा सिंह के मुख्य जोड़ी वाली फिलिम “बेताब” के परोसत बाड़े आदिशक्ति इंटरटनेमेंट अउर खुशी इंटरटेनमेंट प्रोडक्शन्स. बैनर ह पायल इंटरटेनमेंट के आ निर्माता हउवे स्वामी जी, अनुज कुमार आ कृषन्ना कुमार. निर्देशक हउवे सनोज मिश्रा आ अजय कुमार झा, कार्यकारी निर्माता महेश कुमार उपाध्याय, कहानी, पटकथा अउर संवाद अरविन्द तिवारी के, गीतकार कृष्ना बेदर्दी, विभाकर पांडे, आजाद सिंह अउर अरविन्द तिवारी, संगीतकार घुघंरू, नृत्य निर्देशक कानू मुखर्जी अउर रामदेवन, मारधाड़ निर्देशक हीरा लाल यादव, संपादक गुरजंत सिंह, कैमरामैन नीतू इकबाल सिंह.

बेताब के मुख्य कलाकार बाड़े सुपर स्टार खेसारी लाल यादव, सेक्सी बम अक्षरा सिंह, कृषन्ना कुमार, प्रिया शर्मा, किरण यादव, अभिलाषा, समर्थ चतुर्वेदी, संजु सोलंकी, अभय राय, सिद्ध मिश्रा, युगनाथ पांडे, इकबाल राजभर, बबलू खान, देव सिंह, अनुप अरोड़ा अउर उमेश सिंह, साथही डांसिग क्वीन सीमा सिंह अउर ग्लोरी के आयटमो नंबर बा.

फिलिम पूरा भारत में एकेसाथ रिलीज कइल जाई.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

Loading

By Editor

%d bloggers like this: