AnandBihariYadavभोजपुरी सितारन के क्रिकेट क्लब भोजपुरिया दबंग से भोजपुरी फिलिम जगत में धमाका करे वाला आनंद बिहारी यादव के सपना रहल कि बिहारी धरतीपुत्रन के मैदान में खेलत देखसु. एह योजना का बारे में मनोज तिवारी के बतवले त मनोज बिना कुछ लिहले एहमें शामिल हो गइले.

अब आनंद बिहारी यादव फिलिम बनावे का कामो में लाग गइल बाड़ें आ दू गो फिलिम बनावे के एलान कइले बाड़न.

पहिला फिलिम ‘धारा 144’ के गाना के रिकार्डिंग शुरू हो गइल बा. दोसरकी फिलिम के नाम अबही नइखे धराइल.

फिलिम बनावे में लागत आनंद बिहारी यादव के कहना बा कि उ रुपिया कमाए ला फिलिम नइखन बनावे जात. उनकर मनसा बा कि भोजपुरी फिलिमन में भोजपुरी माटी के सुगंध आ भोजपुरिया परिवेश रचे बसे. अबही हाल ई वा कि अधिकतर भोजपुरी फिलिमन में भोजपुरिया संस्कृति संस्कार ना लउके. कहानी, गीत-संगीत, परिवेश सब कुछ हिन्दी फिलमन जइसन होला. एहसे आनंद बिहारी यादव चाहत बाड़न कि भोजपुरी फिलिम अपना भाषा आ संस्कृति के धरोहर बन सकऽ सँ.

आनंद बिहारी के मन इहो बा कि भोजपुरी फिलिमन के बढ़ावे आ पसारे ला ‘भोजपुरी अवार्ड’ समारोह करावल जाव. बाकिर का अइसन भोजपुरी फिलिम बनत बाड़ी सँ जवना के अवार्ड दीहल जा सके? का हमनी के कलाकार भा तकनीशियन अइसन करत बाड़े कि ओह लोग के नाम अवार्ड देबे ला विचारल जा सके?

बाकिर आनंद बिहारी हारल नइखन. कहतारे कि अबही पूरा तालाब गंदा नइखे भइल. भोजपुरी सिनेमा में कर्मठ, योग्य आ कुशल लोगो मौजूद बा. सशक्त आ बढ़िया अभिनय करे वाला कलाकारो बाड़े, गुणवान तकनीशियनो बाड़े. जरूरत बा एह लोग के सामने ले आवे के. आ अइसने लोग ला आनंद बिहारी यादव ‘अवार्ड समारोह’ करे जात बाड़े.


(संजय भूषण पटियाला)

Loading

By Editor

%d bloggers like this: