CharonoKiSaugandhपिछला दिने आर्या म्यूजिक अपना आवे वाला भोजपुरी फ़िलिम ’चरणों की सौगंध’ के पहिला झलक जारी कइलसि.

एह फिलिम के ऑडियो-विडियो अधिकार आर्या म्यूजिक (यूनिट ऑफ़ सासपियो ग्रुप) खरीदले बिया जबकि सेटेलाइट अधिकार श्री दुर्गा ट्रेडिंग (यूनिट ऑफ़ सासपियो ग्रुप). सासपियो ग्रुप एह फिलिम के सगरी डिजिटल अधिकार खरीदला का साथ ही “जिला छपरा”, “हम बानी बिहारी टाईगर” आ “दंड भूमि” फिलिमो के ऑडियो-वीडियो आ सैटेलाईट अधिकार खरीदले बावे.

पूर्वा प्रोडक्शन के बनत फिलिम चरणो की सौगंध के निर्माता सूर्यकान्त आ निर्देशक बाली हउवें.

केन्द्रीय भूमिका में खेसारी लाल यादव, विशाल तिवारी, शुभी शर्मा, रिया सिंह, काजल राघवानी, सी पी भट्ट, बिपिन सिंह, रंजीत सिंह, सिराज भगत, परितोष कुमार आ सोनू झा के नाम बा.


(रामचंद्र यादव)
(२७ दिसंबर १३)

Loading

By Editor

%d bloggers like this: