IMG0058A
हर साल ईद का मौका पर आपन फिलिम रिलीज करे खातिर इस्लामी सभ्यता आ संस्कृति वाला बालीवुड में बेचैनी रहेला आ एकरा के बहुते खास मानल जाला. देखादेखी भोजपुरिओ सिनेमा में ईद के महत्व बढ़त गइल बा आ अब एहिजो ईद का मौका पर रिलीज छठ आ फगुआ का मौका पर रिलीज से अधिका भाव वाला होला.

एह साल ईद के ठीक पहिले वाला शुक के सलमान खान के बजरंगी भाईजान आ निरहुआ के जिगरवाला रिलीज भइल. बाकी देश में जवन भइल होखो बाकिर भोजपुरी के इलाका छपरा में जिगरवाला के जिगर भाईजान से बरियार निकलल. बजरंगी भाईजान बस एके सिनेमाहाल में रिलीज भइल जबकि जिगरवाला के छपरा के दू गो सिनेमा हाल में लगावल गइल आ दुनू जगहा भीड़ मौजूद रहल.

भोजपुरिका के एगो पाठक बलिया, दुबहड़ के अमन यादव एकरा बारे में बतवलन आ छपरा के शिल्पी सिनेमा हाल के खींचल फोटो का संगे आपन रिपोर्ट दिहलन. हालांकि फोटो के भीड़ देख के कवनो बड़हन भीड़ ना कहल जा सके बाकिर जब फिलिम दू गो सिनेमा हाल में लागल होखो आ सामने होखो सलमान खान के फिलिम त ई भीड़ मजगर जरूर कहल जा सकेला.

अमन बतवलन कि फिलिम में पाँच सात गो गाना बा आ सगरी नीक लगली सँ बाकिर डीजे टाइप वाला एगो गाना “जोड़ी सुपर हिट हो गइल” बहुते पसन्द कइल लोग.

जिगरवाला के कहानी शुरु होखत बा एगो आदमी से जे आपन बीबी के घरे छोड़ आपन सपना पूरा करे खातिर शहर चल जाता बा आ ओहिजे बस जात बा. एने ओकर मेहरारू आ लड़िका अकेले रह जात बाड़े जिनिगी के हालात से जूझे खातिर. लड़िका के अपना बाप से शिकायते ना नाराजगी हो जात बा. आगे चल के बाप के सचाई सामने आवत बा. एह बीच लड़ाई, झगड़ा, प्यार व्यार, गीत गवनई सगरी मसाला डालल बा फिलिम में जवन एगो आम आदमी के पसंद आवे वाला बा आ दर्शकन के प्रतिक्रिया सुन के इहे लागल कि फिलिम बनावे वाला निर्देशक अपना मकसद में कामयाब रहलें. कलाकारन के कामो देखेवालन के नीक लागत बा.

आ अब आखिर में सबले मजेदार बात :

जब अमन के भेजल एह खबर के प्रकाशित करे से पहिले फिलिम जिगरवाला का बारे में अउरी जानकारी खोजे के चहनीं त कुछ ना मिलल सिवाय एगो ट्रेलर के. रउरो देखीं आ एह राज के फाश करीं कि जिगरवाला का बारे में कवनो जानकारी इन्टरनेट पर काहे नइखे मिलत? ई फिलिम सचहु पहिला बेर रिलीज भइल बा कि दुबारा देखावल जात बा? दुबारा देखावल जात बा त दू गो सिनेमा हाॅल में एके साथ लगला के मतलब? आ काहे कवनो प्रचारक एकरा बारे में कवनो जानकारी नइखन भेजले? का एह फिलिम के केहु प्रचारके ना रहल ? राज गहिराए लागल बा आ हमार माथा घूमत बा ? कहीं अमने त हमार फिरिकी ना ले लिहलन? बाकिर तब अतना सब फोटो कहाँ से आ कइसे ?


जतना जानकारी हम बिटोर पवनी तवन नीचे दिहल जात बा :

कलाकार : दिनेश लाल यादव निरहुआ, आम्रपाली दुबे, प्रियंका पंडित, सुशील सिंह वगैरह.
गायक गायिका : इन्दु सोनाली, खुशबू, आलोक कुमार, ममत राउत, रजनीश, प्रिया, नीलकमल,
संगीतकार : राजेश रजनीश
गीतकार : प्यारेलाल यादव
आडियो टी सीरिज पर

Advertisements