pankaj_kesariचर्चित भोजपुरी अभिनेता पंकज केसरी अभिनेत्री रिंकू घोष के मांग खून से भरीहें सुन के चउँके के जरूरत नइखे काहे कि इ त इनका फिलिम के नाम ह.

पंकज केसरी ग्रीन चीली मीडिया एंड फ़िल्म प्राइवेट लिमिटेड के बैनर मे निर्माता प्रदीप सिंह (प्रदीप भईया) के फिलिम ‘खून भरी मांग’ इ काम करे वाला बाड़न. फिलिम के शूटिंग अबहीं मुंबई में चलत बा.

एह फिलिम के कलाकारन में पंकज के अलावा खेसारी लाल यादव, मनोज पाण्डेय, पाखी हेगड़े, मोनालिसा, शुभी शर्मा, संभावना सेठ, अवधेश मिश्रा, संजय पाण्डेय, मण्टू लाल वगैरहो नजर अइहे. निर्देशक हउवन राजकुमार आर .पाण्डेय.

एह फिलिम के पंकज अपना कैरियर के मील के पत्थर बने वाली फिलिम बतावत बाड़न.


(संजयभूषण पटियाला)

Loading

By Editor

%d bloggers like this: