भोजपुरी सुपरस्टार खेसारीलाल के जादू दर्शकन पर खूब चलत बा तबहिए नू 25 जुलाई के सलमान खान के ‘किक’ के सोझा बिहार में रिलीज भइल फिलिम ‘जानेमन’ ना सिरिफ बंपर ओपनिंग लिहलसि बलुक बादो मेंं मजगर बिजनेस बिटोरत बिया. किक का साथही रिलीज ‘जानेमन’ के बिहार के सगरी 50 सिनेमाघरन में बढ़िया कलेक्शन मिलत बा.
खेसारीलाल कहतारें कि ‘जानेमन’ पूर्वजनम प बनल रोमांटिक लव स्टोरी फिल्म ह, निर्माता प्रेम राय आ निर्देशक अरविंद चौबे के एह फिलिम के जानेमन हई काजल राघवानी. फिलिम में खेसारी के दुसरकी नायिका बाड़ी प्रियंका पंडित आ दुनू से इश्क फरमावे में बकौल खेसारीलाल खुद उनुका बहुते मजा आइल.
खेसारीलाल के एह साल के सफल फिलिमन के कतार ‘साजन चले ससुराल’ से शुरू भइल आ कच्चे धागे, प्रतिज्ञा-2, बेताब, चरणों की सौगंध, शेाला शबनम, तेरे नाम होत अबहियो चालू बा. खेसारी के ‘लहू पुकारेला’, ‘जो जीता वही सिकंदर’ आ ‘हथकड़ी’ रिलीज ला तइयार बाड़ी स आ खेसारी आजुकाल्हु अपना ‘लाडला’ के शूटिंग में बाझल बाड़न.
(प्रशान्त-निशान्त)