GangaKeDangaगौतम राज इंटरनेशनल फिल्म के बैनर तले बने जात ‘गंगा के दंगा’ के शानदार भव्य मुहूर्त पिछला दिने मुम्बई के एम. जी स्टूडियो में करावल गइल.

उत्तर प्रदेश के मशहूर नेता आ चार बेर कैबिनेट मिनिस्टर रह चुकल डॉ॰ रामाश्रय कुशवाहा मुहुर्त के नारियल फोड़ले.

निर्माता गौतम सिंह आ लेखक-निर्देशक अभिषेक चढढा हउवे.

कलाकारन में सत्येन्द्र सिंह, पूजा सिंह, ख़ुशी मिश्रा, शिखा मिश्रा, तारा, दसरथ, जिन्दा आ गिरीश शर्मा के नाम बा. संगीत धनंजय मिश्रा के, नृत्य निर्देशन पप्पू खन्ना के, छायांकन हीरा सरोज के, फाईट दिलीप यादव के, गीत प्यारेलाल यादव के आ पटकथा ओ पी यादव के लिखल बा.

शूटिंग खातिर बिहार में तीन गो लोकशन चुनल गइल बा.अमिताभ बच्चन संगे भोजपुरी में गंगा सीरीज़ के तीन गो फिलिम बनावे वाला चर्चित निर्माता के कहना बा कि उ भोजपुरी संस्कृति फिलिमावल चाहत बाड़े. बतवले कि फिलिम के कहानी औरतन के लड़ाई लड़त एगो लड़िका के ह जेकरा बाद में औरतनो के भरपूर साथ मिलत बा.

एह मौका पर डॉ॰ रामाश्रय कुशवाहा कहलन कि उ जल्दिए भारत सरकार के चिट्ठी लिखिहें भोजपुरी के अठवीं अनुसूची में शामिल करावे ला आ यूपी सरकार से निहोरा करीहें कि यूपी में शूट होखे वाली फिलिमन के सबसिडी दीहल जाव.


(संजय भूषण पटियाला)

Loading

By Editor

%d bloggers like this: