ShambhuPandeyशम्भु पांडे प्रोडक्शन आ उदय सिंह प्रोडक्शन के बैनर तले बनल बनत भोजपुरी फिलिम ’गुलाम’ लेके आवत बाड़न निर्माता शम्भू पांडे आ उदय सिहं. एह एक्शन, कॉमेडी आ रोमान्स भरल मनोरंजक फिलिम के प्रस्तुत करत बा सी पी आई मूवीज (सुजीत तिवारी).

सह- निर्माता मोहन दास आ सी बी त्रिपाठी, निर्देशक विजय सोलंकी, संवाद- गीत अरविंद तिवारी के, संगीत अमन श्लोक के, छायांकन प्रमोद पांडे के, नृत्य निर्देशन कानू मुखर्जी आ संजय कोरवे के , फाईट मास्टर सिंग इज़ किंग, संकलन नकुल प्रसाद के, आ कथा-पटकथा शम्भू पांडे के बा.

मुख्य कलाकरन में रानी चटर्जी, शमीम खान, विक्रांत सिंह, कोमल ढिल्लन, साहिल शेख, राज वशिष्ठ, शम्भू राणा, संजय पांडे आ अली खान के नाम बा.


(संजय भूषण पटियाला)

Loading

By Editor

%d bloggers like this: