ImtiyazShaikh
निर्देशक असलम शेख के जल्दिए रिलीज होखे वाली फिलिम ‘औरत खिलौना नहीं’ से अपना फ़िल्मी करिअर के शुरूवात करे जात इम्तियाज़ शेख से पिछला दिने बात करे के मौका मिलल. पेश बा ओही बातचीत के कुछ हिस्सा :

आपन पहिलका फिलिम ‘औरत खिलौना नहीं’ क के कइसन लागल?
पहिला फिलिम रहे से मेहनतो खूब कइले बानी एह में. जहाँ ले बात कइसन लगला के बा त बहुते कुछ अइसन भइल जवन भर जिनिगी याद राखब. सब मिला के हमरा त बढ़िए लागल एह में काम क के.

पापा असलम जी के निर्देशन में काम करे में अनुभव?
पापा से त बचपने से सीखत आवत बानी. उहाँके निर्देशन में बनल फिलिमो देखत आइल बानी. घर में हमनी का बाप बेटा हईं स बाकिर शूटिंग बेरा त निर्देशक आ अभिनेते वाला रिश्ता होला. जइसे उहाँ के सबका साथे व्यवहार करीलें ओइसने हमरो साथे भइल. रिश्ता काम का बीचे ना आइल कबो.

कुछ अपना किरदार का बारे में?
नामे से जाहिर बा कि ई फिलिम महिला सशक्तिकरण के थीम पर बा. हमार किरदार एगो अइसन लड़िका के बा जे बेसहारा लड़िकियन आ मेहरारूवन के मदद करत रहेला. केहू का साथे कुछ गलत होखे त पुलिस से पहिले खुद चहुँप जाला आ अपना हिसाब से फैसला कर देला. अपराधियन के सजा देत एह किरदार के एक्शन सीन देखेवालन के रोमांचित करी.

खाली एक्शने बा कि रोमांसो करे के मिलल?
जी. फिलिम में एक बेर अइसनो होखत बा कि अपना प्यार से सामना हो जाता आ हम रोमांटिक हो जात बानी. एगो रोमांटिक गानो हमरा प फिलिमावल गइल बा. ओकरे के दर्शक जरूरे पसंद करीहें.

बड़का स्टारन संगे काम करे के अनुभव कइसन रहल?
बहुते बढ़िया. मनोज तिवारी जे के त हम बहुते आदर करीलें. उहाँ संगे फिलिम क के कतना थ्रिल मिलल हमरा बता ना सकीं. कबो अइसन सोचलो ना रहीं. रिंकू घोष आ मोनलिसा हमार चहेता कलाकार हईं जा आ एह सभका साथे काम क के बहुते खुशी मिलल हमरा.

अउरियो कवनो फिलिम में काम करत बानी?
जी हँ. एकरा बाद एगो रोमांटिक लव स्टोरी वाली फिलिम आई हमार. एकर अबहीं प्री-प्रोडक्शन के काम चलत बा आ दिसंबर ले शूटिंग शुरु होखे के उमेद बा.


(संजय भूषण पटियाला)

Advertisements