Sanjay-Manoj-DBDशूटिंग रिपोर्ट
चांदीवली स्टूडियो, साकी नाका, मुंबई में राजकुमार पांडेय के नइकी फिलिम ‘देवरा भईल दीवाना’ के शूटिंग रफ्तार में रहल. भोजपुरी सिनेमा के मेगा स्टार मनोज तिवारी पहिला हाली राजकुमार पांडेय के फिलिम में काम करत रहले. हालांकि राजकुमार ढेर दिन से मनोज संगे काम कइल चाहत रहले बाकिर सुतारे ना बइठत रहे. अब जा के एह फिलिम से उ इच्छा पूरा भड़ल बा.

त शूटिंग का दिने बड़हन भीड़ जुटल रहे. फिलिम का एह सीन में मनोज के छोट भाई चिंटू (प्रदीप पांडे) पर खलनायक अवधेश मिश्रा तलवार से वार करही वाला रहले कि अपना भाई पर जान देबे के तइयार बड़का भाई आन खड़ा होखत बा. एही द्वन्द्व में सीन बढ़ऽता. मनोज तिवारी के तेवर देखते बनत रहे. अवधेशो मिश्रा के खीस रंग लिहले रहल.

दोसरका सीन में बूड़बक बताह जइसन चरित्र वाला हलकट पांडे बनल संजय पांडे अपना छोट भाई विकास संगे आपन कमाल देखावत रहले. गोपाल राय आ आलोको यादव मौजूद रहले.

एह फिलिम में बृजेशो त्रिपाठी के मजगर भूमिका बा आ नायिका बनल बाड़ी पाखी हेगड़े. आ चिंटू के नायिका बाड़ी काजल राघवानी. ‘देवरा भईल दीवाना’ के ई क्लाईमेक्स सीन रहुवे.

राजकुमार पांडेय का नज़र में आज के टूटत पारिवारिक रिश्तन के दौर में सौतेला भाई खातिर एक गोड़े ठाढ़ रहे वाला भाई भगवाने जस बावे. एह फिलिम में भाई-भाई, देवर-भउजाई आ मरद मेहरारू के रिश्तो के आपन अलग अलग रंग, मेल मिलाप देखावल गइल बा.

राजकुमार पांडेय के एह फिलिम में जहाँ मनोज तिवारी पहिलाबेर काम करत बाड़े त संजय पांडे संगे राजकुमार के ई बारहवीं फिलिम ह.

आजु का शेड्यूल से पहिले मनोज-पाखी पर रसियन विला में अनेके सीन फिल्मावल गइल रहे.

फिलिम छठ पूजा का समय रिलीज करे के योजना बा.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)
(नोट – हमरा एके इमेल पर पोस्ट भेजल करीं एक से अधिका इमेल पर भेजला से परेशानी होखत बा. आ दुनु आदमी अलग अलग मेल मत भेजल करीं.)

Advertisements