भोजपुरी हॉट गर्ल मोनालिसा अब रोमांटिक लव स्टोरी ‘प्यार होके रही’ में धमाल मचइहें. मोनालिसा के फिलिम ‘प्यार होके रही’ 4 अप्रैल से बिहार में रिलीज होखत बा.
एह फिलिम में मोनालिसा के नायक बाड़न मनोज पाण्डेय. ‘प्यार होके रही’ में मोनालिसा बहुते दमदार भूमिका में बाड़ी. उनकर किरदार एगो पढ़ल लिखल लड़िकी के बा जवना के बिआह लड़िकाइए में हो गइल रहुवे.
मोनालिसा अब ‘जान लेबू का’ फिलिम के शूटिंग में लागल बाड़ी.
(प्रशांत निशांत)