भोजपुरी भाषा अपना लिखला से बेसी अपना सिनेमा आ अपना गीतन का चलते मशहूर हिय. एकरा साफगोई के नाजायज फायदा उठावत एकरा से भरपूर कमाई करे का फेर में एकरा साथे बहुते अन्यायो होखत बा.
रउरा अगर अपना भाषा, अपना संस्कृति, अपना गाँव जवार से मोह बा त खुल के आपन बात कहे के आदत बनाईं. एहीजा खाली एकतरफे प्रलाप ना होखे के चाहीं, आम दर्शक, आम श्रोता के रायो सामने आवे के चाहीं.
एह मकसद से अँजोरिया परिवार अपने सभ के गोहार लगावत बा कि जवने भोजपुरी फिलिम देखीं. जवने भोजपुरी गीत कहीं सुनीं, पढ़ीं त ओकरा बारे में आपन राय एहिजा जरूर दीं. लोग के बताईं कि का नीमन लागल का बाउर. काहे कि जबले एगो जोरदार आवाज ना उठी तबले एह बहिरन के कान में सुनाई ना.
बस एके गो ध्यान राखब कि कवनो आदमी के निजी जिंदगी पर कीचड़ मत उछालल जाव. ओकरा काम के, ओकरा रचना के, ओकरा फिलिम, संगीत, किरदार के बारे में राय दिहल जाव.
आशा बा कि आप सभे चलत चलत दू गो लाइन जरूर लिखत जाएब भोजपुरी सिनेमा आ संगीत का बारे में. भोजपुरी साहित्य क बारे में अँजोरिया पर टिप्पणी दीं.
राउर,
संपादक, अजोरिया वेब समूह