हिन्दी फ़िल्म इंडस्ट्रीज में आमिर, शाहरुख़ आ सलमान खान के डंका भलही बाजत होखे बाकिर सिनेम भोजपुरी में एकहू खान ना रहल आ अब एह कमी के पूरा कर दिहलन जुबेर खान. मशहूर निर्देशक असलम शेख के खोजल जुबेर खान के पहिलका फिलिम “रखवाला” एही शुक के रिलीज भइल बा जवना में ऊ छोटन यादव नाम के विलेन बनल बाड़े. फिलिम के चरचा त बड़ले बा, विलेन का रूप में जुबेरो के खूब चरचा होखत बा. असलम शेख के आपन आदर्श मने वाला जुबेर के शुरूआते निरहुआ के साथ भइल. पहिलके शॉट में जुबेर के सामना निरहुआ से पड़ल बाकिर निरहुआ के हौसला अफजाई से जुबेर ओह सीन के बखूबी कर पवले.
मुंबई के पलल बढल जुबेर खान किशोर नामित कपूर से अभिनय के गुर सिखला का बाद अपना अभिनय केरियर के शुरुवात भोजपुरीए सिनेमा से करे के फैसला कइलन. कहेले कि माई बनारस के हई आ मुंबई में रहला क वावजूद संस्कार बनारसे के बा उनकर. उनुके छोह से तय कइलन कि शुरुआत अपना माई के भाषा से करस. जुबेर के एह बात के डर नइखे कि भोजपुरी फिलिम से शुरूआत कइला क बाद हिंदी सिनेमा में घुसल मुश्किल हो जाई. कहेले कि अगर रउरा में अभिनय क्षमता बा त हर जगहे राउर पूछ होखी.
जुबेर के परिवार भवन निर्माण के काम से जुड़ल बा बाकि जुबेर बचपने से अभिनय, डांस, सीखे में समय दिहल शुरू कर दिहले रहन. जुबेर के पूरा विश्वास बा कि सिनेमा में ऊ एगो लमहर पारी खेले आइल बाड़न.
(उदय भगत)