Khesari-Shubhi-ChapraExpressबिहार में छठ पूजा के पावन अवसर पर सुपरस्टार खेसारीलाल यादव आ शुभी शर्मा के फिलिम ‘छपरा एक्सप्रेस’ रिलीज भइल.

रामास मूवी मेकर्स आ एस. एस. क्रियेशन्स के बैनर तले बनल एह फिलिम में छपरा के एगो नौजवान अर्जुन के कहानी बा जे कवनो तरह के गलत काम बर्दाश्त ना कर पावे. एह नवही के भूमिका कइले बाड़न खेसारीलाल यादव आ उनकर नायिका बनल बाड़ी शुभा शर्मा जे नंदिनी के किरदार में बाड़ी.

स्मृति सिन्हा पर एगो स्पेशल गाना फिलिमावल गइल बा एह फिलिम ला.


(प्रशांत निशात)

Loading

By Editor

%d bloggers like this: