SweetyChabraजानल मानल भोजपुरी अदाकारा स्वीटी छाबरा अबही ले नाहियो त दर्जन भर से बेसी भोजपुरी फिलिमन में काम क चुकल बाड़ी आ सगरी सुपरहिट रहल बाड़ी स. अब कई साल फिलिम इंडस्ट्री से दूर रहला का बाद स्वीटी छाबरा फेरू फिलिमन में वापसी करत बाड़ी आ एह फिलिम के नाम ह ‘जल्लाद’.

ग्रीन चिल्ली मीडिया एंड प्रा.लि. के बैनर में बने जात एह फिलिम में स्वीटी भोजपुरी सुपरस्टार पवन सिंह संगे नजर अइहें.

एतना साल इडस्ट्री से दूर रहला प स्वीटी के कहना बा कि फिलिमन से भले दूर रहली बाकिर हमेशा अपना साथी कलाकारन के, अपना निर्देशकन के आ इंडस्ट्री से जुड़ल लोग के याद कइले रखली. अब जब ‘जल्लाद’ में काम करे जात बाड़ी़ त बहुते नीक लागत बा. कहली कि अपना दर्शकन के आभारी बाड़ी जे उनका के अतना प्यार दिहल आ उम्मीद जतवली कि लो आगहू वइसहीं प्यार देत रही.

‘जल्लाद’ के निर्माता प्रदीप सिंह भईया हउवन.


(संजय भूषण पटियाला)

Advertisements