JawaniZindabadनाथ फिल्म्स प्रोडक्शन के भोजपुरी फिलिम ‘जवानी जिन्दाबाद’ के शूटिंग पूरा हो गइल. निर्माता अवधेश सिंह आ निर्देशक आनंद डी. गहतराज एक शूटिंग बीस दिन के शेड्यूल में राजपिपला (गुजरात) में करवले.

फिलिम के मुख्य कलाकारन में मोनालिसा, गौव झा, मनोज टाइगर, देवव्रत, पायल सेठ, राम मिश्रा, उमेश सिंह, काव्या सिंह, संजय पांडे आ गुंजन पंत (विशेष भूमिका में) के नाम बा,

लेखक सुनील उपाध्याय, संवाद लेखक मनोज पांडेय, नृत्यनिर्देशक प्रेम कुमार, एक्शन बाज़ी, डीओपी नरेन्द्र पेटल आ ऑपरेटिव कैमरामैन महेश हउवे. कहानी तीन गो नवहियन के ह जे मजाके-मजाक में हालात के शिकार बन जात बाड़े आ अझुराइल सझुरावे के कहानी देखावल गइल बा.

निर्देशक आनंद गहतराज के कहना बा कि हर वर्ग के दर्शकन के पसंद लायक मसाला बा एह फिलिम में आ सभे एकरा के एन्ज्वाय करी.


(समरजीत)

Loading

By Editor

%d bloggers like this: