भोजपुरी फिलिमन के हिट अदाकारा रानी चटर्जी श्रेयस फिलिम्स के बैनर तले बनत निर्माता प्रेम राय के फिलिम ‘जानेमन’ का एगो स्पेशल साँग में नजर अइहें. पिछला दिने एह स्पेशल साँग के फिल्मांकन मुंबई के नंदनवन स्टुडियो में भव्य सेट लगाके भइल. एह आयटम के 100 डांसर्स संगे नृत्य निर्देशक रिक्की गुप्ता के निर्देशन में शूट कइल गइल.
एह गाना में रानी चटर्जी बहुते हॉट लगली. बकौल निर्माता प्रेम राय वितरकन आ पब्लिक के डिमांड पर रानी के ई गाना फिलिम में डालल गइल बा. रानी चटर्जी कहतारी कि मस्त गाना बावे आ देखेवालन के बहुते नीक लागी.
‘जानेमन’ के निर्देशक हउवें अरविंद चौबे. संगीत घुंघरू के बा. फिलिम में सुपरस्टार खेसारीलाल यादव, विराज भट्, काजल रघानी, प्रियंका पंडित, शिखा मिश्रा, अनुप अरोड़ा आ संजय पाण्डेय के खास भूमिका बा.
(प्रशांत निशांत)