पिछला शुक के रिलीज़ भइल भोजपुरी फ़िलिम देवरा भईल दीवाना के सबले बड़ ऐतिहासिक ओपनिंग मिलल बा. ई फिलिम बिहार, मुम्बई, नेपाल, आ झारखण्ड के अबले के सगरी रिकार्ड्स तूड़ दिहले बा. होली का दिने त भीड़ सम्हारल मुश्किल हो गइल रहुवे.
एह फिलिम में प्रदीप पाण्डेय चिंटू, काजल, मनोज तिवारी, पाखी हेगड़े आ अउरी कलाकार अपना अभिनय से लोग के दिल जीत लिहले बाड़ें. फिलिम के सफलता से खुश प्रदीप पाण्डेय चिंटू कहतारें कि ई सब उनका दर्शकन के प्यार आ नेह छोह, दुआ अउर आशीर्वाद के नतीजा ह.
(संजय भूषण पटियाला)