SanamBewafa-muhurt
रामनवमी का दिने ग्रीन चीली एंड प्रा.लि. के बैनर में बने जात ‘सनम बेवफा’ के मुहूर्त बहुते धूम-धाम से मुम्बई के अँधेरी का न्यू म्हाडा में कइल गइल. निर्देशक बाड़न राजकुमार आर.पाण्डेय आ निर्माता प्रदीप सिंह (भईया). ई जोड़ी एह से पहिले ‘खून भरी मांग’में साथे रहुवे. ‘खून भरी मांग’ बहुत जल्दिए रिलीज़ होखे वाली बा.

‘सनम बेवफा’ के मुहूर्त के मौका पर भोजपुरी इंडस्ट्री के अनेके जानल-मानल हस्ती मौजूद रहलन जवना में अमिताभ रंजन, मनोज ओझा, बिट्टू सरदार, राजू भट्ट, हरीश पटेल, अतुल पटेल, जनक शाह, राजेश भईया, शंकर सेठ,धीरेन्द्र चौबे आ मनोज पाण्डेय शामिल रहले. सभे फिलिम के सफलता ला ढेरहन बधाई दीहल.

कहानी संतोष मिश्रा के लिखल ह. कलाकार रहीहें प्रदीप पाण्डेय ‘चिंटू’, पाखी हेगड़े, संजय पाण्डेय, अयाज़ खान आ अनिल कुमार. एकरे अलावे दू गो अउर सुपरस्टार हीरो आ हीरोइन चुने के काम चलत बा. शूटिंग जल्दिए शुरू होखी.


(संजयभूषण पटियाला)

Loading

By Editor

%d bloggers like this: