Monalisaभोजपुरी सिनेमा इंडस्ट्री ला साल 2013 के अइसन साल का रूप में याद राखल जब दर्शक दिग्गज कलाकारन के फिलिमन के नकारत नयका कलाकारन के ले के बनावल बढ़िया फिलिमन के अधिका पसंद कइले.

एह साल रिलीज “गंगा जमुना सरस्वती” से भोजपुरी फिल्म इडस्ट्री के ढेरहन उम्मीद रहुवे. एहमें रवि किशन, मनोज तिवारी, दिनेश लाल यादव निरूहुआ, रानी चटर्जी, रिंकू घोष आ पाखी हेगड़े जइसन बड़का सितारा रहले. बावजूद एकरा फिलिम टिकट खिड़की पर मुँहकुरिए भहरा गइल.

साल 2013 में रिलीज भोजपुरी फिलिमन प नजर डलला से लउकल कि अभिनेता के रूप मे खेसारी लाल यादव आ अभिनेत्री में रानी चटर्जी नंबर वन पर बनल रहली. खेसारी लाल यादव के फिलिम “हवा मे उड़ता जाये लाल दुपट्टा मलमल का” औसत व्यापार कइलसि आ “सपूत” हिट साबित भइल. खेसारी लाल के “प्यार झुकता नही” साल के सबले कामयाब फिलिमन में शुमार भइल. इनकरे “बलमा बिहार वाला”, “संसार”, आ “छपरा एक्सप्रेस” टिकट खिड़की पर ठीक.ठाक रहली स.

भोजपुरी सिनेमा के जुबली कुमार दिनेश लाल .निरूहुआ एहु साल सगरी अभिनेतन प भारी पडले आ एक के बाद एक हिट देके आपन वर्चस्व बनवले रखलन. निरहुआ के एह साल रिलीज फिलिमन में “दिलेर” सुपरहिट रहल आ “वर्दी वाला गुंडा”, “रखवाला”, आ “बीबी नंबर वन” औसत रहली स. “गंगा जमुना सरस्वती” आ “दूल्हे राजा” के दर्शक नकार दिहले.

निरूहुआ. के बाद कामयाब हीरो का कतार में रहले पवन सिंह, विराज भट्ट, आ राकेश मिश्रा. एह साल भोजपुरी फिलिमन के पहचान दिआवे वाला सुपर स्टार रवि किशन आ मनोज तिवारी के फिलिमन के सफलता ना मिल पावल. मनोज तिवारी ला इ साल कुछउ खास ना रहल. रविकिशन भोजपुरी का बजाय हिंदी सिनेमा में अधिका लउकले. रविकिशन के “धुरंधर” के औसत सफलता मिलल.

अभिनेता पवन सिंह खातिर साल 2013 ठीके.ठाक रहल. पवन के “जिद्दी आशिक” टिकट खिड़की पर शानदार कमाई कइलसि. धर्मेन्द्र का रहला का बावजूद “देश परेदस” भहरा गइल.

भोजपुरी एक्शन किंग विराज भट्ट के फिलिमो के दर्शक एह साल खूब पसंद कइले. विराज के “तू ही तो मेरी जान है राधा” एह साल के कामयाब फिलिमन में शामिल रहल. “इ कइसन प्रथा” आ “कसम वर्दी की” फिलिमो हिट भइली स.

विनय आनंद के “खूनी दंगल” एह साल के कामयाब फिलिमन में रहल.

रानी चटर्जी एहू साल भोजपुरी सिनेमा के रानी बनल रहली. इनकर आ नया अभिनेता राकेश मिश्रा के जोड़ी वाली फिलिम “प्रेम दीवानी” बहुते पसंद कइल गइल आ इ एह साल के सबले अधिका कमाई करे वाली फिलिम बनल. “गंगा जमुना सरस्वती” छोड़ एह साल रानी के सगरी फिलिम निकहा कमाई कइली सँ.

भोजपुरी सिनेमा के माधुरी दीक्षित कहाए वाली रिकू घोष एह साल कवनो कमाल ना देखा पवली. अंजना सिंह आ मोनालिसा एह साल के कामयाब अभिनेत्रियन मे शामिल रहली.

भोजपुरी सिनेमा के गरम लिट्टी मोनालिसा के जलवा साल 2013 मे बरकरार रहल. एह साल मोनालिसा के “जिद्दी आशिक” उनका करियर के सबले बड़हन हिट साबित भइल.

स्मृति सिन्हा, अक्षरा सिंह, आ पाखी हेगड़े के नामो एह साल के कामयाब अभिनेत्रियो मे शामिल रहल. खलनायकन मे संजय पांडे आ आइटम गर्ल मे सीमा सिंह बाजी मरली.


(प्रेम रमेश, वार्ता)
(३ जनवरी २०१४)

Loading

By Editor

%d bloggers like this: