adaalat-posterभोजपुरी सुपर स्टार दिनेश लाल यादव निरहुआ आ मशहूर निर्देशक रवि सिन्हा के बहुचर्चित भोजपुरी फिलिम “अदालत” के प्रदर्शन १४ फरवरी से पुरा देश में एक साथ होखे जात बा.

एकर निर्माता रेखा सिंन्हा, हरीश बाबू, श्रवण अग्रवाल अउर भरत बी कइले बाड़न, कहानी खुद निर्देशक रवि सिन्हा के लिखल बा. आ पटकथा लिखे के काम रवि सिन्हा आ राजेश पांडे कइले बाड़न. संवाद राजेश पांडे के लिखल बा. गीतकार हउवें प्यारे लाल यादव अउर कृष्णा बेदर्दी. संगीत मधुकार आनंद के बा.

फिलिम “अदालत” के मुख्य कलाकारन में दिनेश लाल यादव निरहुआ, हाट गर्ल मोनालिसा, अवधेश मिश्रा, अयाज खान, उमेश सिंह, विनोद मिश्रा, मेहनाज शराफ, नवोदित कलाकार कोमल ठक्कर आ शुरी सक्सेना अउर स्मिता पांडे के नाम बा. सीमा सिंह के डांस ब्लास्ट दर्शकन के दिल जीत ली.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

Loading

By Editor

%d bloggers like this: