OmPrakashYadavभोजपुरी फिलिम “सजना मंगिया सजाई द हमार” के लेखक निर्देशक ओम प्रकाश यादव अनेके हिंदी धारावाहिक आ फिलिमन में बतौर लेखक आ सहनिर्दशक काम क चुकल बाड़े.

पिछला दिने ओम यादव के कल्याणजी जाना कांदिवली, मुम्बई में आयोजित दार्शनिक मुम्बई प्रेस मीडिया अवार्ड 2013 के सम्मान समारोह में सम्मान चिन्ह देके सम्मानित कइलन. एह कार्यक्रम के आयोजन “पानी बचाओ और बेटी बचाओ” अभियान के तहत भइल रहे.

एह मीका पर बॉलीवुड आ पॉलीवुड के अउरिओ लोगन के सम्मानित कइल गइल.


(रामचंद्र यादव)

Loading

By Editor

%d bloggers like this: