निर्माता संजय कुमार मिश्रा जनम दिन मनवलें

sanjay-mishraभोजपुरी फिलिम ‘लड़ब मरते दम तक’ के निर्माता संजय कुमार मिश्रा पिछला दिने मुंबई में बहुते धूमधाम से आपन जनमदिन मनवलें. उनका के बधाई देबे ला विराज भट्ट, शुभम तिवारी, लाल सिन्हा, फणीन्द्र राव, संतोष मिश्रा, संजय केशरी, सुधा तिवारी, सुनील मिश्रा, के.के. गोस्वमी, हीरा यादव, वीरेन्द्र मिश्र, समरजीत वगैरह अनेके नामी गिरामी लोग मौजुद रहल.

फिलिम ‘लड़ब मरते दम तक’ के शूटिंग पुरा हो गइल बा आ अब एकर पोस्ट प्रोडक्शन के काम चलत बा. एह फिलिम में विराज भट्ट, शुभम तिवारी, सुपर्णा सिंह, के.के. गोस्वामी, सीमा सिंह वगैरह के खास भूमिका बा.

निर्देशक जीत चटर्जी, लेखक के. मनोज सिंह, संगीतकार लाल सिन्हा, गीतकार अरविन्द तिवारी, बिपिन बहार, फणीन्द्र राव आ अशोक मिश्रा, एक्शन मास्टर हीरा यादव, कोरियोग्राफर संजय कोर्बे आ कैमरामैन श्यामल चक्रवर्ती.

एक्शन, म्यूजिक आ एंटरटेनमेंट से भरपूर एह फिलिम में आइटम गर्ल के जिनिगी के उतार चढ़ाव देखावल गइल बा.


(समरजीत)

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up