भोजपुरी सुपरस्टार पवन सिंह साल चौदहो में बॉक्स ऑफिस पर हिट फिलिम दे के शुरू कइले बाड़न. पिछला शुक के रिलीज पवन सिंह के फिलिम ‘करेला कमाल धरती के लाल’ बॉक्स ऑफिस पर शानदार ओपनिंग लिहलसि. एकरा के एही हफ्ता मुंबई आ गुजरात के 52 सिनेमाघरन में रिलीज कइल गइल.
फिलिम में पवन सिंह टाईटल रोल में बाड़े. इ किरदार अइसन नवही के बा जे गाँव के लोग के समस्या के हल निकाले ला कवनो हद ले जाए के तइयार रहेला. नायिका बाड़ी मोनालिसा.
दर्शकन के पवन सिंह के शानदार अभिनय, एक्शन, आ गवनई खूब पसंद आइल बा. पवनो अपना फिलिम के सफलता से बहुते खुश बाड़न. पिछला दिने पवन सिंह के भोजपुरी फिल्म अवार्ड समारोह में सर्वश्रेष्ठ गायक के पुरस्कार से सम्मानित कइल गइल रहे.
(प्रशांत निशांत)
kub Sundar