भोजपुरी के चर्चित अभिनेत्री पाखी हेगड़े अपना शानदार अभिनय कौशल से एक बार फेरू बाकी अभिनेत्रियन से बाजी मार ले गइल बाड़ी. हालही में रिलीज मल्टीस्टारर भोजपुरी फिलिम ‘खून भरी माँग’ में पाखी के अदाकरी के बहुते सराहल जात बा. एह फिलिम के कई नायक आ नायिकन के भीड़ो में पाखी के काम अलगे चमकल बा.
फिलिम में पाखी एगो अइसन मेहरारू बनल बाड़ी जे अपना मरद के मौत के बदला उनका हत्यारन से लेत बिया. फिलिम में पाखी के एक से बढ़के एक शानदार संवाद बोलत आ खतरनाक एक्शन स्टंटस करत देखल जात बा. स्वाभाविक रूप से पाखी के काम पर दर्शकन के भरपूर ताली बाजत बा.
फिलिम के सफलता से पाखी बहुते खुश बाड़ी. जान जाईं जे एह साल पाखी के ‘देवरा भईल दीवाना’ आ ‘प्यार मोहब्बत जिंदाबाद’ फिलिमो के बड़हन सफलता मिलल बा.
(प्रशान्त-निशान्त)