pub-4188398704664586

पागल लईकी के किरदार कइल चाहत बानी : रानी चटर्जी

by | Apr 17, 2016 | 0 comments

RaniChaterjeeभोजपुरी हीरोइनन में सबले अधिका मेहनताना लेबे वाली रानी चटर्जी अपना करियर का कवना बात प खुश आ कवना पर नाखुश बाड़ी, आईं जानल जाव उनुके से कइल बातचीत से :

अबले कतना फिलिम क चुकल बानी आप ?
गिनले त नइखीं बाकिर अंदाजा से कहत बानी कि सौ से अधिका फिलिमन में काम क चुकल बानी आ अबहियों करते जात बानी.

आपन पहिलका फिलिम इयाद बा ?
ऑफकोर्स, पहिलका फिलिम रहल मनोज तिवारी जी का साथे अजय सिन्हा के निर्देशन में बनल फिलिम. ऊ फिलिम भोजपुरी सिनेमा के अबले के सबले बड़हन हिट फिलिम रहल आ हमरा लागत नइखे कि कवनो दोसर फिलिम ओकर रिकार्ड तूड़ पाई. ओही फिलिम का बाद से भोजपुरी सिनेमा एगो बड़हन आ लगातार काम करे वाली फिल्म इंडस्ट्री बन गइल. ई हमार सौभाग्य रहे.

अतना फिलिम कइला क बाद कवनो कमी भा असंतुष्टि जस कुछ लागत बा ?
एक्ट्रेस के तौर पर त बेशक तोस नइखे. कुछ नया आ लीक से हट के करे का चाह में अब तनिका चूजी हो गइल बानी. ई देख के लोग पूछे लागल बा कि इंडस्ट्री छोड़े वाला बानी. बाकिर सौ गो से बेसी फिलिम कइला का बादो का हमरा उहे घिसल पीटल स्क्रिप्ट वाला फिलिम करच रहे के चाहीं ? कॉलेजिया गर्ल बनल बानी, लड़िका सब चुहल करत बाड़ें भा हम ओकनी से. कवनो लड़िका से प्यार हो जात बा. विलेन आवत बा आ फेर कुछ मारधाड़ वगैरह. हँ एही फिलिमन का साथे कुछ नारी प्रधानो फिलिम कइले बानी.

रउरा का लागत बा कि अब टटका कहानियन पर फिलिम बने क माहौल बनत बा भोजपुरी सिनेमा में ?
ना. हमरा नइखे लागत भा शायद कवनो वइसन फिलिम साइन नइखीं कइले. एह साल अबले तीन गो फिलिमन के शूटिंग कइले बानी बाकिर कवनो हया फिलिम नइखीं साइन कइले.

कवनो अइसन किरदार भा कहानी जवन करे के बड़हन ख्वाहिश बावे दिल में ?
जइसन कहनी ह नू कि टटका स्टोरीज कइल चाहत बानी, जइसे करीना-शाहिद कपूर स्टारर फिलिमन का तरह… भा कवनो अइसन पागल-जस लड़िकी के किरदार, जवन बेमतलब बहुते बोलत होखो. हँ महिला सम्मान आ पॉजिटिव मैसेज देबा वाली फिलिमो कइल चाहब.

भोजपुरी फिलिमन का एक्टिंग के स्टाइल ड्रामैटिक हवे. एह बारे में कुछ बोलल चाहब ?
जी हँ. भोजपुरी में लाउडनेस बेसी होले. आ अब त अउरी लाउड होखत जात बा. हीरो हीरोइन के एंट्री लाउड होखल चाहीं, मेकअप ,गेटअप सब लाउडे. एही चलते हम नेचुरल ट्रीटमेंट का साथे रीयल स्टोरी कइल चाहत बानी.

भोजपुरी से फरका कवनो दोसर भाषा के सिनेमा में काहें नइखीं ट्राइ करत ?
कोशिश जारी बा आ एगो हिंदी अलबम आवत बा. बरीसन से काम में अतना बिजी रहनी कि कुछ दोसर सोचे के मौके ना मिलल. अगर कवनो नीक ऑफर आवे त जरूर कइल चाहब. अब ऊ बैंक बैलेंस बनावे वाला बातो नइखे. लोग हरान बा कि पिछला ग्यारह-बारह बरीसन से एको दिन खाली ना बइठे वाली रानी पिछला दू महीने से कवनो शूटिंग नइखी करत, अइसन काहें !

भोजपुरी देखनउर रउरा से का उमेद करेलें ?
ऊ हमार एक्सपोजिंग पसंद ना करसु. शायद ई हम पहिलका हीरोइन होखब जेकर एक्सपोजिंग दर्शक पसंद ना करसु. हालांकि हम बहिन जी लेखों स्क्रीन पर ना आईं. शॉर्टस हमहूं पहिरले बानी बाकिर ओहमे फूहड़पन नइखे रहल. हमार सकुचल-सिमटाइलो लउकल लोग पसंद ना करे. अगर केहू हमरा के एक मारे त हमरा से उम्मीद होला कि हम ओकरा के तीन मारीं.

राउर आवे वाली फिलिमन में कवन कवन बाड़ीं स ?
एहमें डायरेक्टर दिलीप गलती के फिलिम ”हम हई जोड़ी नं 1”, डायरेक्टर साहिल सनी के ”इलाहाबाद से इस्लामाबाद”, डायरेक्टर देव पांडेय के ”इच्छाधारी”, डायरेक्टर बाली के रानी दिलबर जानी, अउर डायरेक्टर अजय श्रीवास्तव के ”घरवाली बाहरवाली”


(संजयभूषण पटियाला)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up pub-4188398704664586