ManojTiwari-Dabangपिछलको साल २०१३ में भोजपुरी मेगा स्टार मनोज तिवारी के दबंगई खूब चलल. एही साल मनोज तिवारी के कप्तानी आ दिनेश लाल यादव निरहुआ के उपकप्तानी में “भोजपुरिया दबंग” टीम हिन्दुस्तान के तमात दिग्गज सितारन वाली क्रिकेट टीमन से टकराइल आ हर तरफ सिरिफ भोजपुरिया दबंगे के चरचा रहल. मनोज तिवारी के इ टीम रांची में जब रितेश देशमुख के कप्तानी वाली टीम “वीर मराठा” से टकराइल त मीडिया में एह टक्कर के जोरदार चरचा रहल. वीर मराठा टीम के झारखंड के धरती प जवन सम्मान मिलल उ कबो ना भुलाई. झारखंड में वीर मराठा टीम के झारखंड में शानदार स्वागत भइल रहे. करीब पाँच हजार दर्शक ओकरे टीशर्ट पहिरले मैदान में मौजूड रहुवे. वीर मराठा टीम के मिलल स्वागत प अनेके अखबार लिखले कि मनोज तिवारी के एह पहल से भोजपुरियन के मान बढ़ल बा.

इहे बा पिछला साल २०१३ में मनोज तिवारी के राष्ट्रपति प्रणब मुखर्जी का हाथे तमाम दिग्गज अभिनेता आ अभिनेत्रियन के मौजूदगी में सम्मानितो कइल गइल. एह मौका प रजनीकांत, जयललिता अउर अमिताभो बच्चन मौजूद रहले.

एही साल मनोज तिवारी के फिलिम “गंगा जमुना सरस्वती रिलीज भइल आ सफलता के झंडा गड़लसि. एहमें भोजपुरी के तीन गो दिग्गज नायक आ तीन गो दिग्गज नायिका रहली.

पिछलके साल मनोज तिवारी अपना गांव बिहार के भभुआ जिला के अतरवलिया में क्रिकेट के भगवान सचिन तेंदुलकर के मूर्ति लगवलन आ दुनिया के पहिला क्रिकेट मंदिर के श्रीगणेश भइल.

एही साल मनोज तिवारी जानल मानल अभिनेता आमिर खान के इंटरव्यू कइले. आमिर खान के शर्त रहुवे कि मनोज तिवारी उनकर इंटरव्यू करीहें तबहिएं उ ओह इलाकाई चैनल के इंटरव्यू दीहें.

पिछले साल मनोज तिवारी भाजपा में शामिलो भइल आ भाजपा के भावी प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी के अनेके सभा में समाँ बन्हलन. कई बेर नरेन्द्र मोदी मनोज तिवारी के जम के तारीफो कइले.

साल के आखिर में मनोज तिवारी मशहूर निर्माता निर्देशक राजकुमार पांडे के फिलिम “देवरा भईल दिवाना” के शूटिंग शुरु कइलन आ ई फिलिम अब जल्दिए रिलीजो होखे वाली बा.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

Loading

By Editor

%d bloggers like this: