ए डी आर एस एंटरटेनमेंट के बैनर में बनल एक्शन स्टार मनोज आर पाण्डेय के फिलिम ‘प्यार होके रही’ मुम्बई आ गुजरात में सुपरहिट होखला का बाद अब बिहार में रिलीज़ भइल बा आ एहिजो सुपरहिट जात बिया. लोग अपना हीरो मनोज पाण्डेय के देखे ला रिकार्ड तोड भीड़ बनके जुटत बाड़ें. बिहार में एकरा के ७५ गो सिनेमाघर में रिलीज़ कइल गइल बा आ सभ जगहा हाउसफुल जात बा.
महमूद आलम के निर्देशन में एक्शन सम्राट मनोज पाण्डेय अपना धमाकेदार अभिनय से लोग के दिल में अपना ला खास जगहा बना लिहले बाड़न. मनोज पाण्डेय के सोझा मोनालिसा बाड़ी आ एह जोड़ी के दर्शको बहुत पसन्द करत बाड़ें.
बिहार में एह फिलिम के संजय पंजियार वितरित कइले बाडन.
निर्माता -प्रवीण कुमार,निर्देशक -महमूद आलम.
मुख्य कलाकार – मनोज पाण्डेय, मोनालिसा, निखिल राज, प्रकाश जैस वगैरह.
(संजयभूषण पटियाला)