“प्रेम के बंसुरिया” सेंसर से पास हो गइल

by | Feb 1, 2016 | 0 comments

PremKeBansuriya
मोती बी.ए. आ एम. कुमार वैरागी आर्ट्स के बैनर तर बनत भोजपुरी फिलिम – प्रेम के बंसुरिया – सेंसर बोर्ड से ‘ए’ प्रमाणपत्र का साथे पास हो गइल बा. एह फिलिम के जल्दिए रिलीज कइल जाई.

एह फिलिम – प्रेम के बँसुरिया – में दू गो दोस्त आ ओह लोग के बचवन के बीच पनपल प्रेम-प्रसंग के बहुते सुन्दर चित्रण बा. एह प्रेम का बीच गँवई माहौल में पसरल अमीरी-गरीबी आ करजा का बोझ तरे दबाइल सीधा-साधा लोगन के बेबसीओ के बखूबी देखानल गइल बा जेहसे फिलिम के कहानी प्रेम-प्रसंग वाला होखला का बावजूद हिया छू लेत बिया.

प्रेम के बँसुरिया के कथा-पटकथा लेखक ‘नदिया के पार’ (दिलीप कुमार) आ ‘साजन’ (अशोक कुमार) के पटकथा लिखे वाला मोती बी.ए. के हवे. संवाद ओ.पी. शर्मा के लिखल ह. निर्माता मुकेश कुमार वैरागी आ निर्देशक साहिल खान हउवें. गीतकार मोती बी.ए. आ संगीतकार अजय वर्मा बाड़ें.

फिलिम के मुख्य कलाकार हउवें अलिशा रावत, विराज मेहता, राजन पटेल, धर्मेन्द्र शर्मा, अनिल देवा, सत्तन यादव, झप्पू झील, संजय निर्मोही अउर आईटम गर्ल संध्या चौधरी आ पूजा.


(समरजीत)
प्रेम के बँसुरिया

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up