bipin_singh
साल २०१४ शुरू होखते भोजपुरी के चर्चित खलनायक बिपिन सिंह अपना दु गो फिलिमन के शूटिंग पूरा करा दिहले. “गंगा के लाल काशी विश्वनाथ” अउर संजीव मण्डल निर्देशित “प्यार में” फिलिमन में बिपिन सिंह खलनायक बाड़े.

बिपिन सिंह के सभे सशक्त आ दमदार अभिनेता मानेला आ हर फिलिम में उ अपना सशक्त अभिनय के छाप छोड़ देले.

अब बिपिन सिंह रेहान खान के निर्देशन में बनत फिलिम “दम बा त आ बिहार” के शूटिंग ला बनारस जात बाड़ें.

एह साल रिलीज होखे वाली बिपिन सिंह के फिलिमन में “प्यार मोहब्ब्त जिन्दाबाद”, “महालंठ”, “अँखियाँ जब से लड़ल”, “विजय तिलक”, “ठोक देब”, “चरणो कि सौगंध” आ “मायाजाल” के नाम बा.


(रामचंद्र यादव)

Loading

By Editor

One thought on “बिपिन सिंह दू गो फिलिम पुरवले अब तीन गो के बारी बा”

Comments are closed.

%d bloggers like this: