VinayAnand-KalpanaShahअभिनेता विनय आनंद आ अभिनेत्री कल्पना शाह के जोड़ी हाल ही में एगो सफल फिलिम “आज का दंबग दमाद” में कमाल के अभिनय कइले बा लोग. सगरी देश में ई जोड़ी धमाल मचा दिहले बिया. आ एब एही जोड़ी के फेरू से आपन धमाल मचावे आ कमाल देखावे ला निर्माता जे. मिश्रा अपना फिलिम ‘बिहारी टाईगर‘ में लिहले बाड़न. ई एगो अइसन नवही क कहानी ह जे समाज के दबंग अत्याचारियन से पुलिस अधिकारी बन के लड़त बा. ई जॉबाज अपना दुश्मनन पर टाईगर का तरह हमला करत बा आ एहीसे फिलिम के नामो राखल गइल बा ‘बिहारी टाईगर‘.

निर्माता जे. मिश्रा के कहना बा कि विनय आनंद अइसन पुलिस ऑफिसर के भूमिका में एकदम फिट बइठेलें एहीसे उनुके के नायक बनावल गइल बा. हीरोइन कल्पनो शाह के एही चलते चुनल गइल बा कि ऊ नरम दिल के बाकिर कठोर देह आ मानस वाली महिला के किरदार में स्वाभाविक लगीहें.

‘बिहारी टाइगर‘ में कल्पना शाह दू तरह के इमेज में बाड़ी. पहिला आध में नरम दिल वाली भावनात्मक प्रेमिका बनल कल्पना रोमांटिक नाच गाना कइले बाड़ी त दोसरका आध में एगो खूंखार शेरनी बन के अपना दुश्मनन के संहार करत बाड़ी.

बाकी कलाकारन में चुन चुन के शाहबाज खान, सुशील सिंह, गिरीश शर्मा, सीमा सिंह, आनंद मोहन, जय तिलक, पूजा सिंह, अनूप अरोरा, जय प्रकाश, उदय श्रीवास्तव, विनोद मिश्रा आ हीरा यादव के राखल गइल बा.

सह निर्माता अनिल खान, निर्देशक समीर खान, संगीतकार पवन मुरादपुरी, गीतकार धनंजय भट्ट, बद्री दास, रवि यादव, नृत्यगुरू कानू मुखजी, संजय, अनिल, छायांकन करेवाला जावेद अखतर नाइक, आ फाइट मास्टर हीरा यादव.


(संजय भूषण पटियाला)

Loading

By Editor

%d bloggers like this: