बिहार में एह घरी सिनेमा भोजपुरी के नंबर वन खलनायक संजय पांडे के जादू चलत बा. जेनिए जाई तेनिए सिनेमाघर में संजय पांडे के फिलिम लागल मिल जाई. एह समय उनकर चार गो फिलिम चलत बाड़ी सँ बिहार में आ चारो सुपर हिट बाड़ी सँ. एहमें निर्माता डा॰ सुनील के दिनेश यादव निर्देशित ‘प्रेम दीवानी’, राजकुमार पांडे निर्देशित ‘जीना तेरी गली में’, यश कुमार के ‘दिलदार सांवरिया’ आ मुकेश पांडे निर्देशित ‘सपूत’ शामिल बा.
अपना चारो फिलिमन के सफलता से संजय उछाह में बाड़ें. कहतारें कि बस देखेवालन के प्यार मिलत रहो अउर कुछ ना चाहीं. हर बड़का निर्माता अपना फिलिमन ला नायक केहु के बनावे खलनायक ला ओकरा हरहाल में संजय पांडे चाहीँ.
संजय पांडे अबहीं ‘घुस के मारब’ फिलिम के शूटिंग में व्यस्त बाड़े. शूटिंग उत्तर प्रदेश के जमानियां में चलत बा. अनेके शहरन आ गाँवन में शूटिंग कर चुकल संजय पांडे जमानियां में पहिला बेर शूटिंग करे आइल बाड़े आ उनका जमानियां में मज़ा आवत बा.
(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)