सिनेमा भोजपुरी के अभिनेत्री स्मृति सिन्हा एह घरी उद्योग के सगरी बड़का बैनर के पसंद बन गइल बाड़ी. भोजपुरी के सबले सफल निर्माता आलोक कुमार के दू गो फिलिम, ‘साजन चले ससुराल’ आ ‘देवरा पे मनवाँ डोले’, स्मृति कर चुकल बाड़ी. अब ऊ आलोक कुमार के नईकी फिलिम ‘दुध का कर्ज’ में सुपरस्टार निरहुआ संगे नजर अइहें.
मशहुर निर्माता अभय सिन्हा के फिलिम ‘प्यार झूकता नहीं’ में स्मृति खेसारी लाल संगे बाड़ी त मशहुर वितरक निर्माता डा० सुनील के ‘प्रेम दीवानी’ आ सुपरहिट फिलिम ‘प्रतिज्ञा’ के सीक्वल ‘प्रतिज्ञा-2’ ओ में स्मृति सिन्हा नजर अइहें. एह बड़का बैनर के फिलिमन में काम कर के स्मृति गदगद बाड़ी.
(प्रशांत निशांत)
0 Comments