भोजपुरी सिनेमा के बादशाह अभिनेता का रुप में जानल जायेवाला दिनेश लाल यादव निरहुआ के “लोफर” छठ पूजा का मौका पर रिलीज होखे जा रहल बा. एह साल सात गो सुपर हिट फिल्म देबे वाला निरहुआ से पिछला दिने बैंकाक से लवटला पर भइल बातचीत के कुछ अंश एहिजा दिहल जा रहल बा.

रउरा एह साल २०१० में सात गो सफल फिल्म दे चुकल बानी. का कारण बा एह लगातार मिलत सफलता के ?
सबले पहिले माता के आशिर्वाद, बड़ बूढ़ के प्रार्थना, आ छोटकन के प्यार. एकरा बाद सफल टीम के चुनल जे लगन. मेहनत, आ ईमानदारी का साथ काम करे. हम फिल्म चुने घरी एह बाति के खास खयाल राखीलें कि निमन कहानी, बढ़िया टीम, निमन निर्देशक, आ निमने निर्माता होखसु. साथहीसाथ हमनी का अपना फिल्म में दर्शकन के पसन्द आवे वाला मसाला डालीलें आ इहे सब कारण बा एहू साल के सफलता के. सातो फिल्म मनोरंजन करे वाली फिल्म बाड़ी सँ आ ओकर चुनाव सही रहल बा.

छठ का मौका पर लोफर रिलीज हो रहल बा. कुछ ओकरा बारे में ?
“लोफर” में एक्शन, इमोशन, आ कॉमेडी तीनो के भरपूर मसाला बा आ दर्शकन खातिर ई फिल्म कम्पलीट मनोरंजन के पैक बा. एह फिल्म में हमार डबल रोल बा आ हमार रंग दर्शकन के जरुर निमन लागी काहे कि हम अपना भूमिका का साथे पूरा न्याय कइले बानी.

अबहीं रउरा फिल्म आखिरी रास्ता के शूटिंग बैंकाक से कर के लवटल बानी . विदेशन में शूटिंग से भोजपुरी सिनेमा के संभावना आ भविष्य का लउकत बा ?
सबसे पहिले त ई कि विदेशी लोकेशन पर शूटिंग करत हमनी का अपना दर्शकन के भोजपुरिये में ओह दृश्यन के देखाईलां जवन ओह लोग के पसन्द आवेला. दोसरे ई कि जहवाँ शूटिंग होले ओहिजा के लोकल पब्लिक के भोजपुरी का बारे में पता चलेला कि एकरो आपन फिल्म इन्डस्ट्री बा. ऊ लोग एकरा स्टारन के जानेले. एह सब से हमनी का भोजपुरी सिनेमा के कैनवास के बड़हन बनावत बानी जा, ओकर स्तर बढ़ावत बानी जा. विदेशन में शूटिंग से ओहिजो के निर्माता निर्दैशक हमनी के इन्डस्ट्री का ओर रुख करेलें. जइसे कि अबहिये भइल. बैंकाक में शूटिंग का दौरान ओहिजा के एगो कंपनी हमरा के साइन कइलस आ जल्दिये ओह फिल्म के शूटिंग बैंकाक आ कनाडा में करावल जाई. हम चाहीलें कि पूरा दुनिया का फिल्म इन्डस्ट्री में भोजपुरी सिनेमा के चरचा होखे आ लोग एकरा के बढ़िया नजरिया से देखस.

कुछ आखिरी रास्ता का बारे में ?
ई फूली एक्शन मूवी ह जवना के साऊथ का स्टाइल में जी सुब्बाराव का फ्लेवर में बनावल गइल बा. एकाध के छोड़ सगरी कलाकार भोजपुरीए के बाड़न ओह फिल्म में.

निरहुआ आजु सगरी क्षेत्रीय फिल्म निर्मातन के पसन्द बन गइल बा. कवनो खास कारण ?
सबले बड़का वजह हमार दर्शक. ओह लोग के प्यार हमरा के अतना बड़ बना दिहले बा कि जबे कवनो निर्माता निर्देशक बिहार यूपी के रुख करेला आ पता लगावेला कि केकर फिल्म कमाई करत बाड़ी सँ त ओकरा एक स्वर में हमार नाम सुने के मिलेला. रहल बिजनेस के बाति त हम अपना कवनो निर्माता का साथे गलत व्यवहार ना करीं. पूरा ईमानदारी आ लगन का साथे हाजिर रहीलें. अगर निर्माता तइयार बा त फिल्म पूरे कर के सेट छोड़ीलें. हमरा डेट्स में समय के पाबन्दी ना रहे. इहे कारण बा कि जवने निर्माता हमरा साथे काम कइलें सब के सब मुनाफा में रहलें आ केहू डूबल ना. बस इहे कारण बा एह प्यार के.

राउर आपन कंपनी का करत बिया एह घरी ?
निरहुआ इंटरप्राइजेज का बैनर में एह घरी दू गो फिल्म बनत बाड़ी सँ. पहिला “निरहुआ टाँगावाला” फारुख सिद्दिकी का निर्देशन में आ दुसरका “औलाद” असलम शेख का निर्देशन में बनत बा. दुनु के शूटिंग एकेसाथ करावल जाई. पहिले शहर वाला माहौल के शूटिंग होखी फेर गँवई माहौल वाला. एके साथ दू गो फिल्म के शूटिंग के कारण ई बनल कि पिछला साल हमार टाँग टूटला का चलते एगो फिल्म लटकल रह गइल रहे.

भोजपुरी सिनेमा के किंग कहइला पर कइसन लागेला ?
ई उपाधि दर्शकन के दिहल ह. सुन के बहुते बढ़िया लागेला. बाकिर संगही संगे जिम्मेदारियो बढ़ जाला. दर्शकन का उम्मीद पर खरा साबित होखे खातिर लगातार मेहनत करे पड़ेला. हमेशा इहे कोशिश रहेला कि हमार दर्शक हमरा से निराश मत होखसु.

राउर आवे वाली फिल्मन का बारे में ?
“लोफर” त एही छठ पर रिलीज हो रहल बा. फेर आई “दुश्मनी” आ ओकरा बाद “आखिरी रास्ता”. फेर रामाकान्त प्रसाद के “दिलजले” के शूटिंग बा, तब “गंगा जमुना सरस्वती” के. प्रवेश सिप्पी, अभय सिन्हा, आ साउथ के फिल्म बाड़ी सँ. हमार अगिला दू साल के डेट ओही निर्मातन का लगे बा जवन आजु हमरा साथे काम कर रहल बाड़े.


(स्रोत – प्रशान्त निशान्त)

Loading

3 thoughts on “बढ़िया टीम चुनल सफलता के बड़का कारण होला : निरहुआ”
  1. भाई लोगन से एगो बिनती बा अगर आप लोगन के पास में हमनी के खातिर कौनो नौकरी होए तौ बताई कहे की हमहू एही लाइन में आवा चाही ला तौ आप से बिनती बा की तानी हमनी के ध्यान दी ….फिल्म में बड़ी कृपा होई राउर लोगन के http://www.dileepvaishya.weebly.com

    mobile no. 09984760021/ 09807042828

Comments are closed.

%d bloggers like this: