Print
वॉइस मोंक फिल्म्स प्रा. लि. के बैनर आ निर्माता सत्यम शिवम के भोजपुरी फिलिम ‘मधुबाला’ के पहिला झलक हालही मुंबई में जारी कइल गइल. आ एह पहिला झलक के चरचा चारो तरफ होखत बा.

बतावल जात बा कि ‘मधुबाला’ रहस्य-रोमांच से भरल एगो आपराधिक प्रेम कहानी ह. श्रीगोपाल के निर्देशिन में बनल एगो तिकोनिया प्रेम कहानी वाला एह सस्पेंस-थ्रिलर फिलिम के कथा-पटकथा अशोक नारायण लिखले बाड़न जबकि संवाद खुद श्रीगोपाल के लिखल ह. गीतकार माइकेल बिहारी, संगीतकार अमरेश शाहाबादी, छायांकन करे वाला हीरा सरोज, आ सह-निर्मात्री सुप्रीति शिवम अउर विभा सिन्हा हई.

फिलिम के कलाकारन में राजवीर यादव, राकेश मिश्रा, तनुश्री चटर्जी, अर्चना सिंह, गिरीश शर्मा, उत्तम झा, मेहनाज, शशि भूषण आ अशोक नारायण शामिल बाड़ें.


(रामचंद्र यादव)

Loading

By Editor

%d bloggers like this: