punam dubay-1भोजपुरी सिनेमा के नयकी सनसनी पूनम दूबे एह बेर लखनउ में हंगामा करावे जात बाड़ी. पूनम लखनऊ में आयोजित होखत भोजपुरी अवार्ड समारोह में परफार्म करीहें आ जवना गाना प उनका परफार्म करे के बा ओकर बोल रही “लॉली पॉप लागेलू”.

एह गाना के रिहर्सल करत पूनम के जलवा जेही देखल सभे कहल कि पूनम दूबे भोजपुरी के नयकी लॉलालीपाप हई. मिस इलाहाबाद रह चुकल पूनम दुबे एह परफार्मेंस ले के बहुते गील बाड़ी कि उनका एकर मौका मिलल.

इलाहाबाद विश्वविद्यालय के छात्रा पूनम दूबे के डांस में महारथ हासिल बा आ उनका एहु बात के खुशी बा कि उनका के आदि शक्ति इंटरटेनमेंट अपना फिलिम में लांच करे जात बिया. एह फिलिम के नाम होखी “जो जीता वही सिंकदंर” आ पूनम दूबे एह में भोजपुरी सुपर स्टार खेसारी लाल यादव के नायिका बनीहें.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)
(१९ दिसंबर १३)

Loading

By Editor

%d bloggers like this: