आर. एम. फिल्म्स प्रा.लि. के बैनर में बनत एह फिलिम “एक लैला तीन छैला” के निर्माता मुकेश सोनी के कहना बा कि फिलिम भोजपुरी सिनेमा के एगो नया ऊँचाई दी. फिलिम के शूटिग पूरा क के पोस्ट प्रोडक्शन के काम तेजी से चालू बा.
पिछला दिने एह फिलिम के एगो स्पेशल गाना के फिल्मांकन मुम्बई के फ़िल्म सिटी में एगो महँग सेट बना के भइल.
कानू मुखर्जी के नृत्य निर्देशन में जबरदस्त परफारमेंस दिहली अभिनेत्री रिंकू घोष.
निर्माता मुकेश सोनी अउर संतोष सोनी, कार्यकारी निर्माता अतिन दूबे, निर्देशक शाद कुमार, लेखक लालजी यादव, संगीतकार छोटे बाबा, गीतकार अशोक सिन्हा, प्रेम सागर, फणीन्द्र राव अउर जीतेन्द्र मिर्ज़ापुरी, सिनेमाटोग्राफर गौरांग साहा, मारधाड़ निर्देशक दिलीप यादव, नृत्य निर्देशक कानू मुखर्जी, कला निर्देशक प्रदीप कुमार झा, प्रोडक्शन डिजाईनर मोहन भिंगी, निर्माण प्रबंधक अब्दुल सिद्दिकी अउर रंगलाल निषाद.
मुख्य भूमिका में रानी चटर्जी, अरविन्द अकेला “कल्लू”, राकेश मिश्रा, धर्मेश मिश्रा, राजू श्रेष्ठा, के के गोस्वामी, सी पी भट्ट, अनूप अरोरा, बालगोविन्द बंजारा, साहिल शेख, मेहनाज़ शर्राफ, ऐश्वर्या कुमारी, सीमा सिंह, बालेश्वर सिंह अउर संजय पाण्डेय.
(रामचंद्र यादव)