भोजपुरी सिनेमा के तिसरका दौर के शुरुआत बहुते बढ़िया रहल आ इंडस्ट्री मुनाफो खूब कमइलस. बाकिर गँवे गँवे भोजपुरी सिनेमा भोजपुरी संस्कृति से कोसो दूर हो के फूहड़ आ दूअर्थी डायलागन के शिकार होखे लागल. परिणाम भइल कि भोजपुरी सिनेमा से सभ्य परिवार आ महिला वर्ग बहुते दूर हो गइले.
एह हालात से दुखी होके वीर कुंवर सिंह के धरती जगदीश पुर के लाल आ सफल व्यसायी हलचल सिंह भोजपुरी सिनेमा के मनोबल बढ़ावे ला मैंनास प्रोडक्शन प्रा लि बना के भोजपुरी फिलिम बनावे का काम में लागे के फैसला कइले. एह प्रोडक्शन के पहिला फिलिम ‘सजना मंगिया सजाई द हमार’ के पोस्ट प्रोडक्शन के काम तेजी से होखत बा. बतावल जात बा कि फिलिम साफ सुथर आ परिवार संगे देखे लायक बनल बा.
(रामचंद्र यादव)
180 total views, 2 views today