PremDiwani-posterमुंबई में प्रेम दिवानी के दुसरका हफ्ता
बिहार में सफलता के डंका पिटला का बाद अब मुंबईओ में निर्माता डा॰ सुनील कुमार के फिलिम “प्रेम दिवानी” दुसरको हफ्ता में डंका बजावत चलत बावे.
एह फिलिम से बिहार के चर्चित गायक राकेश कुमार के सिनेमा के परदा प उतारल गइल बा.

देवरा भइल दिवाना के डबिंग पूरा हो गइल.
साईं दीप फिल्म्स के बैनर में बनत निर्माता लेखक आ निर्देशक राजकुमार पाण्डेय के भोजपुरी फिलिम “देवरा भइल दिवाना” के डबिंग के काम पूरा हो गइल बा. एह फिलिम के मुख्य कलाकारन में मेगास्टार मनोज तिवारी संगे युवा स्टार प्रदीप पाण्डेय, पाखी हेगडे, काजल राघवानी, बृजेश त्रिपाठी, संजय पाण्डेय, सीमा सिंह वगैरह के नाम बा.

ई कइसन प्रथा जल्दिए मुंबई में देखावल जाई
बिहार में सफलता के परचम लहरा चुकल फिलिम “ई कइसन प्रथा” जल्दिए मुंबई में देखावल जाई.
वर्मा फिल्म्स इंटरटेनमेंट के बैनर में बनल एह फिलिम में एक्शन स्टार विराज भट्ट आ रिंकू घोष के जोड़ी खास बिया.

तेरी कसम फिलिमो जल्दिए मुंबई के दर्शकन का सोझा आई
बिहार में सफल रहल पद्मावती पिक्चर्स के फिलिम के निर्माता हई कीर्ति वोरा. अनिल सिनकर के निर्देशन में बनल एह फिलिम में सुपर स्टार खेसारीलाल यादव आ मोनिका सिंह बत्रा के जोड़ी मुख्य बा. आयटम नंबर सीमा सिंह के डांसो लोग के दिल जीतत बिया.

यूपी में शानदार सफलता मिलल कसम वर्दी के
बिहार में सफलता से चलत “कसम वर्दी के” फिलिम यूपीओ में गजब के सफलता लिहले बिया. निर्माता कांतिलाल मारू आ निर्देशक दिनेश यादव के एह फिलिम में एक्शन स्टार विराज भट्ट आ मोनालिसा के मुख्य जोड़ी बिया.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)
कृपा क के एके इमेल प भेजल करी. दोसरे जवना फांट के इस्तेमाल होखत बा से दिक्कत देत बा. भरसक लोकप्रिय फान्टन में सामग्री भेजल करीं. मजबूरन एहिजा संदेश देबे पड़त बा काहे कि राउर ईमेल घुमा के राख देला.

Loading

By Editor

%d bloggers like this: